Neeli Peeli Chudi Bhojpuri song: भइया सावन के झूला झूलते-झूलते अब सोशल मीडिया पर भी धूम मच गईल बा! भोजपुरी म्यूजिक लवर्स खातिर आईल बा एगो नया बवाल गाना – ‘नीली पीली चूड़ी’! शिल्पी राज के आवाज़ में रिलीज़ भइल ई गाना इन्टरनेटवा पर गर्दा उड़ावत बा, अउर लोग कह रहल बा कि का गाना बा भइया, एकदम देसी ठाठ वाला!
शिल्पी के जादू, मासूम के अदायगी!
ई गाना में नजर आ रहल बाड़ी मासूम सिंह, जिनकर ठुमके अउरी नज़ाकत पर सोशल मीडिया फिदा हो गइल बा. गाना रिलीज़ होते ही लाखों लोगन के दिल जीत लिहलस, अउर अब तक ई गाना पर हजारों रील्स बन चुकल बा.
- गायक: शिल्पी राज – जिनके आवाज़ आज के भोजपुरिया सुरों के क्वीन कहल जाला
- लिरिक्स: श्याम जी श्याम – जवन सीधे दिल में उतर जाला
- म्यूजिक: कान्हा सिंह – देसी बीट्स के तड़का लगाके दिल झकझोर देले
- डायरेक्शन: सोनू हनी – जिनके नजर से हर सीन बन गइल सुपर सीन
कहां रिलीज़ भइल?
सारेगामा हम भोजपुरी चैनल से ई गाना जुलाई महीना में रिलीज़ भइल बा, अउर अब तक ई गाना लाखों व्यूज़ के आंकड़ा पार कर चुकल बा. भोजपुरिया जनता का कहना बा – ‘सावन के बिना ‘नीली पीली चूड़ी’ अधूरा लागे!‘
सावन के संगी, हर जोड़ी के साथी!
ई गाना खास तौर पर सावन स्पेशल बा, जवना में नई नवेली दुल्हिन के 16 श्रृंगार से लेके साजन से सजल सपना तक के पूरा चित्रण मिलेला. चाहे नथुनिया होखो, लाली लिपिस्टिक या ‘नीली पीली चूड़ी’ – ई गाना हर नवविवाहित जोड़ी के दिल के कहानी कह रहल बा.
इंटरनेट पर बवाल मचा रहल बा
भोजपुरी इंडस्ट्री में शिल्पी राज के गाना रिलीज़ होखे अउर उ वायरल ना होखे, ए त होइए ना सके. लोग त अब इहे कह रहल बा – ‘हर सावन में एक शिल्पी हो जाई, तब जाके मिजाज बनेला!‘ सोशल मीडिया पर यूट्यूब, इंस्टा अउर फेसबुक पर ई गाना टॉप ट्रेंडिंग में बा.
ये भी देखिए: Anupamaa Episode Update: राही ने लिया बच्चा गोद लेने का फैसला, अनुपमा के अतीत की हो रही है वापसी?
















